झारखंड में का बा
झारखंड में का बा
कोरोना के मार बा , सरकार बीमार बा
अधिकारी के बोलबाल बा, सरकार ओकरे पर मेहरबान बा
झारखंड में का बा
JPSC-JSSC नाम के दोगो निक्कमी आयोग बा
बिना कोई काम किये, सरकार से वेतन उठावल जात बा
झारखंड में का बा
युवा महँगा फॉर्म भर के राज्य के परीक्षा देवल जात बा
फिर कोई अधिकारी के गलती से कोर्ट-कचहरी के चक्कर लगावल जात बा
झारखंड में का बा
लड़का-लड़की के नौकरी के चक्कर में निकलल उम्र जात बा
सरकार बस आपन परिवार के,नियोजन पर ध्यान देवल जात बा
झारखंड में का बा
ट्वीटर के सरकार बा, वहीं पर सबके निकल जात समाधान बा
बेरोजगार भाई-बहन विनती करे ,तो ट्वीटर सरकार मौन धारण कर जात बा
झारखंड में का बा
मूलवासी सरकार बा , कमिटी के खेल में युवा बर्बाद बा
जो अधिकारी गलत नियमवाली बनावे,सरकार सबसे ज्यादा ओकरे पर मेहरबान बा
झारखंड में का बा
खनिज-संपदा और काला हीरा के खदान बा
नेता आपन निजी स्वार्थ में राज्य के लुटावल जात बा
झारखंड में का बा
सबसे ज्यादा राज्य में आदिवासी मुख्यमंत्री के होइल राज बा
फिर भी आदिवासी के अपन जगंल-जमीन से अलग करल जात बा
झारखंड में का बा
ज्यादा नेता मैट्रिक पास बा,ओकरे फायदा बाहर के अधिकारी उठावल जाइत बा
समय पर बस चुनाव-चुनाव और उपचुनाव होइल जात बा
झारखंड में का बा
भरपूर वर्षा से खेत की हरियाली चमकल जात बा
अधिकारी के लापरवाही से गाँव के बेटी भात-भात करते प्राण तोड़ जात बा
झारखंड में का बा
झारखंडी बर्बाद और बाहरी आबाद बा
आपन जनता से सरकार ज्यादा ललुआ पर मेहरबान बा
झारखंड में का बा
ट्रान्सफर के खेल में ,गाँव के ट्रांसफार्मर उड़ल जात बा
बिजली नही अंधकार बा,सरकार केवल बिजली के बिल ऐंठल जात बा
झारखंड में का बा
सरकार बोले हमार खज़ाना खाली और केंद्र हमनी से दूर बा
राज्य के विकाश में बढ़ल केवल BMW के रफ़्तार बा
झारखंड में का बा
यूरिया के मार बा, किसान कर्ज में डूबल जात बा
कांग्रेस मीडिया वाला से बोले किसान के कर्ज हवा में माफ़ बा
झारखंड में का बा
TATA,SAIL,NTPC,DVC,CCL जैसन बड़ी कम्पनी के प्लांट बा
फिर भी झारखंड के मूलवासी रोजगार के चक्कर में पलायन करल जात बा
झारखंड में का बा ….
Good
ReplyDeleteThank you so much 😊😎
Delete